Wednesday, 3 February 2016

BETET STET Shikshak Niyojan शिक्षक नियोजन SARKARI NAUKRI News - - बिहार | माध्यमकि-उच्च माध्यमिक स्तर के 18,000 शिक्षक के बहाली खाती पात्रता परीक्षा के तैयारी

BETET  STET  Shikshak Niyojan शिक्षक नियोजन  SARKARI NAUKRI News -  -



बिहार | माध्यमकि-उच्च माध्यमिक स्तर के 18,000 शिक्षक के बहाली खाती पात्रता परीक्षा के तैयारी

PATNA | Wednesday, February 03, 2016 8:28 AM | BREAKING NEWS 
बिहार सरकार राज्य में शिक्षक लोगन के कमी के पूरा खाती 18,000 शिक्षक के बहाली करी, एकरा खाती बहुत जल्दी राज्य सरकार 'शिक्षक पात्रता' परीक्षा के आयोजन करी।

राज्य के शिक्षा विभाग के ओर से तैयार प्रस्ताव के मुताबिक ए साल के अप्रैल-मई महिना में माध्यमकि-उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा (एसटीईटी) होई।




Send in emailShare on LinkedInShare on Google+Share on TwitterShare on Facebook8 SHARES
सूत्र के मुताबिक, शिक्षा विभाग अपना प्रस्ताव प आगे बढ़े खाती एक-दु दिन में राज्य के शिक्षा मंत्री अशोक चौधरी अवुरी प्रधान सचिव डीएस गंगवार के मंजूरी ले लीही। विभाग से मंजूरी मिलला के बाद शिक्षा विभाग अपना प्रस्ताव के बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के भेजी जवन कि ए माध्यमकि-उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा के आयोजन करी।

मालूम रहे कि बिहार में माध्यमिक स्तर के 11,000 अवुरी उच्च माध्यमिक स्तर के 7,000 शिक्षक के बहाली होखे के बा। हालांकि अबकी के माध्यमकि-उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा में सिर्फ बीएड के डिग्रीधारी ही आवेदन करे पईहे।

एकरा से पहिले 2012 में पहिला बेर माध्यमकि-उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा भईल रहे, जेकरा बाद करीब 14 हजार शिक्षक के बहाली भईल रहे। पछिला परीक्षा में बीएड अवुरी नॉन-बीएड, दुनो प्रकार के लोग शामिल रहले लेकिन राष्ट्रीय अध्यापक परीक्षा परिषद से मंजूरी ना मिलला के चलते नॉन-बीएड लोग के बहाली संभव ना होखे पावल रहे।

बतावल जाता कि माध्यमकि-उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा के बारे में पछिला साल 18 दिसंबर के भईल शिक्षा विभाग के समीक्षा में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार खास निर्देश देले रहन। उनुकर निर्देश खास तौर प गणित, विज्ञान, अंग्रेजी अवुरी कॉमर्स जईसन विषयों के शिक्षक लोगन के बारे में रहे।

मालूम रहे कि ए विषयों के शिक्षक के बिहार में भारी कमी बा।

हालांकि, शिक्षा विभाग से जुड़ल सूत्र के मुताबिक ए परीक्षा के बाद होखेवाली बहाली माध्यमकि-उच्च माध्यमिक स्तर के शिक्षक तक सीमित रही, फिलहाल प्राथमिक और मध्य विद्यालय स्तर के शिक्षक बहाली के कवनो योजना नईखे।


BETET  / STET / टीईटी / TET - Teacher Eligibility Test Updates / Teacher Recruitment / Shikshak Niyojan / शिक्षक नियोजन News
http://betet-bihar.blogspot.com/
http://naukri-recruitment-result.blogspot.com
CTETTEACHER ELIGIBILITY TEST (TET)NCTERTEUPTETHTETJTET / Jharkhand TETOTET / Odisha TET  ,
Rajasthan TET /  RTET,  BETET / Bihar TET,   PSTET / Punjab State Teacher Eligibility TestWest Bengal TET / WBTETMPTET / Madhya Pradesh TETASSAM TET / ATET
UTET / Uttrakhand TET , GTET / Gujarat TET , TNTET / Tamilnadu TET APTET / Andhra Pradesh TET , CGTET / Chattisgarh TETHPTET / Himachal Pradesh TET

No comments:

Post a Comment